अँगना में आज खुशियाली, भइया-दूज के त्योहार हो,
बहिनिया के मन में जागल, नेह-पिरीत के बहार हो।
थारी में दीप सजवले, अक्षत आ चंदन हो,
भइया के माथे सोहेला, टीका बड़ मनभावन हो।
रोली के रंग सजल बा, नेह के बाती बारल बा,
बहिनिया के स्नेह से आज, घर-अँगना महकल बा।
भइया के लमहर उमिरिया, बहिन करे अरदास हो,
सुख-सम्पति से भरल रहे, भइया के हर साँस हो।
बचपन के ऊ बतकुच्चन, आजुओ मन में बसल बा,
लड़ाई-झगड़ा के किस्सा, हँसी बनके हँसल बा।
बाबा के डरे माई के आँचर में लुकाइल याद आवेला,
तोहरा से प्रीत भइया, मन के भावे ला।
कबहूँ छीनल मिठइया, कबहूँ रूठल-मनावल हो,
भइया-बहिन के नेह के, रिश्ता बड़ा निराला हो।
दूर देश में रहस भइया, बहिन के मन अकुलाला,
याद के डोरी खींचे, आँखिन में नीर समाला।
सुख-दुख में साथ निभइहऽ, ई रिश्ता ना टूटे हो,
समय के आँधी में भइया, नेह के दीप ना बुझे हो।
जनम-जनम के साथ रहे, ई पावन अरमान हो,
भइया-दूज के नेह बनल रहे, जग में सबसे महान हो।
— अनीता मिश्रा 'सिद्धि',
पटना (बिहार)